उनुका    इयाद   में    जिनगी   बिताईला  
होखेला उदास मन त खुद के समुझाईला  
जब-जब दिल के भीतर टीस उठेला 
उनकर गावल गीत मन में गुनगुनाईला  
बढ़ेला बेचैनी जब देखिला ना उनके
चोरी से तस्वीर सीना से लगाईला    
जगलो में उनके नाम सुतलो में उनके नाम 
उनकर नाम सपनो में बर-बराईला     
 
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें